शिवजी

🌹शिवजी के विवाह में सखी लोग गावत बा गीत 🌹

सुनिला की नाहीं तोहरा घरवा दुआर बाटे ,
कहाँ रखिब गउरा हमार ।
ए भोला पहुना ....

सुनिला की बसहा के करेल सवारी हो ,
भंगिया पिएल बेसुमार ।
ए भोला पहुना .....

सुनिला की तंगी में रहेल अड़भंगी हो ,
कईसे चलईब परिवार ।
ए भोला पहुना .....

अनगढ़

Comments