गरीबी के नारा लगावे के बदे ,
गरीब के रहल बाटे जरुरी ।
गरीब के बिना नेता न पइहें ,
कुर्सी कमीशन आ छप्पन छूरी ।।
शान समाज में तबे बढ़ी जब ,
रोजे गरीब करिहें जी हुजूरी ।
छप्पन भोग लगी तबले जब ,
केवनो गरीब के रोटी ना जुरी ।।
करीब गरीब के रही जेतने ,
ओतने अधिका ऊ चर्चा में आई ।
गरीबी के ताकत ही इनका के ,
सत्ता के शिखर पर पहुँचाई ।।
लालु मुलायम मायावती मोदी ,
राम विलास भा नीतीश भाई ।
रोजे जहाजे से उड़ता सबहीं ,
एही गरीबन के देके दुहाई ।।
जबले गरीबन के साथ रही ,
हाथ रही तबतक प्रभुताई ।
जीवन भर सुख भोग करी ऊ ,
मरी त बड़का मसीहा कहाई ।।
अनगढ़ के कहना अब मान ,
हिन्दू मुसलमान सिख ईसाई ।
देश में ओसहीं गरीबी बढ़ाव ,
बाटे बढ़त जइसे महँगाई ।।
अनगढ़
गरीब के रहल बाटे जरुरी ।
गरीब के बिना नेता न पइहें ,
कुर्सी कमीशन आ छप्पन छूरी ।।
शान समाज में तबे बढ़ी जब ,
रोजे गरीब करिहें जी हुजूरी ।
छप्पन भोग लगी तबले जब ,
केवनो गरीब के रोटी ना जुरी ।।
करीब गरीब के रही जेतने ,
ओतने अधिका ऊ चर्चा में आई ।
गरीबी के ताकत ही इनका के ,
सत्ता के शिखर पर पहुँचाई ।।
लालु मुलायम मायावती मोदी ,
राम विलास भा नीतीश भाई ।
रोजे जहाजे से उड़ता सबहीं ,
एही गरीबन के देके दुहाई ।।
जबले गरीबन के साथ रही ,
हाथ रही तबतक प्रभुताई ।
जीवन भर सुख भोग करी ऊ ,
मरी त बड़का मसीहा कहाई ।।
अनगढ़ के कहना अब मान ,
हिन्दू मुसलमान सिख ईसाई ।
देश में ओसहीं गरीबी बढ़ाव ,
बाटे बढ़त जइसे महँगाई ।।
अनगढ़
Comments
Post a Comment